चंदौली: कोरोना वायरस पर एसपी ने भोजपुरी में लोगों से की ये अपील
आप सब लोगन के हमार प्रणाम नमस्कार बा। आप सब जानत बानी कि कारोना वायरस के चलते देश दुनिया में महामारी फैइलल बा। एकरा से बचे खातिर कउनो टीका या दवाई ना बनल बा। एकारा से बचै खातिर खाली सचेत रहे के बा। साफ-सफाई से रहे के बा। एक दूसरा से कम से कम एक मीटर का दूरी बनाई के रहै के बा। यह अपील चंदौली के पुलिस अधीक्षक हेमंत कुटियाल ने जिले के लोगों से की है।
आगे उन्होंने अपनी अपील में कहा कि ताकि एकरा से उरी केहू के परेशानी ना हो, रउबासबे एक दूसरे से ना हाथ मिलाई, न गले लगी न पैर छूई और न ही अपना आखं, नाक, कान के छुई, आपन हाथ साबुन पानी अउर सैनीटाइजर से साफ करत रहीं।
आपसब के इहो ध्यान रखे के बा कि कउनो आदमी गांव के बाहर से यदि गांव में आइल होवे तो आकरे के बारे में रउआ सब पुलिस के तत्काल सूचना देहीं, ई तरह से कोरोना संक्रमण के रोक सके ला जा।
अभी इहो देखे में आवात बाटे की छोट छोट लड़िका गांव में क्रिकेट खेलत बाटे, बड़े बुजुर्ग भी इ वाइरस के गंभीरता से नईखै लेत बानी। आपसबके इहै बिनती बाटे कि आप सब बहुत बहुत जरूरी काम होखे तबै घर से बाहर निकली। नहीं त आपन घर में ही रहीं ताकि अपना घर परिवार के साथ साथ गांव घर के सुरक्षित रख सकल जा। आप सब पुलिस के साथ देही इहै हमार आप सबसे निवेदन बाटे। हमार बात सुनी के खातिर आपसबके बहुत बहुत धन्यवाद बाटे, आउर आपसबके एक बार फिर से धन्यवाद प्रनाम करत बानी।