विज्ञापन

धन्य धन्य बा गया नगरी

Ankit Kumar

Mere Alfaz
                                    
                                                                        
                            धन्य धन्य बा गया नगरी
        
                                                    
                            
बसल बा फल्गु के कगरी
जहां बा ढेरे पर्वत पठार
जहां मिलल तरे के आधार
जहां गूंजे भोरे भोरे
होत सवेरे
मंदिर में हनुमान चालीसा
मंदिर मंदिर में राम चालीसा
और मस्जिद में अजान
इहे ह हमार हिंदुस्तान
के असल पहचान
जहां गयासुर कईलें तप भारी
होके आभारी
अईलें विष्णु भगवान
देंले बड़ बड़ बरदान
जे करी पिंडदान
पितृ पक्ष के बेला में
आके गया के मेला में
जईहे ओकर सात पुहुत तरी
जे आके गया में पिंडदान करी
अईसन पावन ह ई गया नगरी
जहां आके गौतम बनलें बुद्ध भगवान
जहां आके करोड़ों लोगवा करे पिंडदान
गया जी के जाने-माने हिंदुस्तान
गया जी के बा हिंदुस्तान में प्रथम स्थान
गया जी के बा एह जहान में प्रथम स्थान।
- सत्येन्द्र कुमार सिंह 'सहज'
8 घंटे पहले
विज्ञापन

विशेष

आज के शीर्ष कवि Show all

Ankit Kumar

10736 कविताएं

View Profile