विज्ञापन

विरोधियन के उहे हरा पावेला...

Anurag Bhojpuri

Mere Alfaz
                                    
                                                                        
                            छोट-छोट मवका के खुसी में तब्दील जे कर पावेला।
        
                                                    
                            
सबका चेहरा पs पुरकस मुस्कान उहे लेआ पावेला।।

साँच के रहिया पs निरंतर जे चलत रह पावेला।
हक आ सम्मान ला अंत तक उहे लड़ पावेला।।

दुःख आउर दरद से आखिर तक जे जूझ पावेला।
राह में आवेवाला बाधा के उहे पार कर पावेला।।

प्यार आउर अपनत्व के महत्व जे जान पावेला।
हर रिश्ता के मान मर्यादा उहे राख पावेला।।

चेहरा पs फईलल उदासी के जे पढ़ पावेला।
सभकर दुःख दर्द के उहे दूर कर पावेला।।

दोस्त आउर दुश्मन में फर्क जे समझ पावेला।
आपन हर कदम के उहे साध के चल पावेला।।

ताना आ आलोचना के आपन ताकत जे बना पावेला।
आज ना तs काल्ह विरोधियन के उहे हरा पावेला।।
एक घंटा पहले
विज्ञापन

विशेष

आज के शीर्ष कवि Show all

Anil Pandey

461 कविताएं

View Profile

Updesh Kumar

13025 कविताएं

View Profile