हमनी के बड़-बड़ मालिकन के शान रहली जा
हर विपत्ति में कम्पनीन के पहचान रहली जा
खेत से खलिहान तक, हर धाम से श्मशान तक
हर रौनक-विपत्ति में पहिले बलिदान रहली जा
बेसहारा मजबूर मजदूर है हमन सब अरु इरादा से मजबूत
शहर के हर काम में जान लगवनी के अंत तक निभवनी के
हर विपत्ति से लड़ गइनी के फिर भी भगावल गइनी के
भयंकर भूख प्यास में काल के ग्रास में खुद उठ गइनी के
रहली जा भूख से तड़पल गइनी जा आंकड़ा से भी सर्कल
भूखे पेट के जोह में चल देहनी के मिलके घर-गाँव पैदल
चलत-रहत थकत-तड़पत घिसत-पिटत खिसियात-मिमियात
सब से बचत कभी सड़क किनारे कभी खेत-मेढ़ जंगल के आड़े
लड़-लड़ साथ चलत रहली के कोरोना भूख पुलिस सबसे
राह रहलन यमराज निहारत उठा लेहलन भूख के कारण
तब हलचल भइल भयंकर गाँव ज्वार सबहु ओर
कोरोना से बद भूख डायन बा निगल रहल बा पहिले
कोरोना संकट में चारों ओर खूब हाहाकार भइल बा
इकरा के हराउले के चक्कर में मानवता के हार भइल बा
जवन धरती पर कबहु न कोउनो एतना लाचार भइल बा
वहिसे भूख से तड़पल केतना लोग छोड़ संसार गइल बा
इह लॉकडाउन के खेल सब ओर चल रहल बा
कोई भोग रहल बा कोई भुगत रहल बा
दू जून की रोटी मजदूरन के अब काल भइल बा
चारों ओर आज इंसानियत शर्मसार भइल बा
अभिषेक कुमार यादव
दिल्ली विश्वविद्यालय
- हमें विश्वास है कि हमारे पाठक स्वरचित रचनाएं ही इस कॉलम के तहत प्रकाशित होने के लिए भेजते हैं। हमारे इस सम्मानित पाठक का भी दावा है कि यह रचना स्वरचित है।
आपकी रचनात्मकता को अमर उजाला काव्य देगा नया मुक़ाम, रचना भेजने के लिए यहां क्लिक करें