बड़ा सुंदर लागेला भजनवा ए मैया
बड़ा सुंदर लागेला।
इहे भारत भूमिया जहाँ लिलवा रचवेलु
मैहर कामाख्या तारा नामवा कहावेलु
भारत के सिर पे वैष्णों धामवा ए मैया ।
भारत - पाक बीच रोज होला टकराहट
दोनों देश के बिचवा बढेला कड़वाहट
मिटेला रोज - 2, कतने सुहागवा ए मैया ।
असत् के करेलु नाश मैया, सत् के रक्षा
तोहरे चरण में बा भारत के सुरक्षा
बचा के रखिह 2 देशवा के मानवा ए मैया।
विजय लक्ष्मी अरजी चंद्रगुप्त के विनईया
सदा रहिह भारत पर माई हो सहईया
लागल रहिहें चरण में लगनवा ए मैया
बड़ा सुंदर लागेला भजनवा ए मैया।
- विजय लक्ष्मी वर्मा