विज्ञापन

गंगा नदी अईली

SATYENDRA KUMAR

Mere Alfaz
                                    
                                                                        
                            गंगा नदी अईली हमर द्वारे
        
                                                    
                            
गंगा नदी अईली सुबह सकारे
धोअली खेत खलिहान
देख त तनी आपन बागान
बगईचवा में मां गंगा अईली
फसलवा सब डुबईली
पर माटी नया ले अईली
लईकन के मौज बा
खेलत देख उनकन के फौज बा
हमार बलिया जिला हिलेला
यहां आव बड़ा शांति मिलेला
सहज कुमार के मकानवा देख ना
गांव जवार के अंगनवा देख ना
हमार गछिया देख
गईया के बछिया देख
गईया चितकबरिया देख
गऊंवा जवारिया देख
आव बलिया बैरिया देख।
- सत्येन्द्र कुमार सिंह 'सहज'
13 घंटे पहले
विज्ञापन

विशेष

आज के शीर्ष कवि Show all

Updesh Kumar

12614 कविताएं

View Profile

Nathuram Kaswan

8654 कविताएं

View Profile

User

29 कविताएं

View Profile