ओ री चिरैया
नन्हकी गौरैया
अबकी अंगनवा
काहे के नाही देखायलू हो तू ?
खेत-कियरिया
गेहूं के बलियां
काहे के ई बरस
दाना चुगे ना अइलू हो तू ?
जेठ-दुपहरिया
कसोरा में हम रखी पनिया
काहे के अबकी
पियासल नाही हो तू ?
हमार माई के दुअरिया
आउर हमरे बाबा के मुंडेरवा
काहे के नाही
फुदकत-मंडरात मिले अइलू हो तू ?
बचपने के लड़कोइया
सयान भये खेली अठखेलिया
हमेसा संग परछाई बनल रहलू हो तू ।
जिगरे के बतिया
अब केसे कही हम सखिया
एक ठे कहे के आपन रहलू हो तू ।
बीत गइले फगुनवा
बौरा गइली अमिया
हरियरे निमिया के डरिया
पे चहके नाही अइलू हो तू ।
मेड़-ड्योढ़िया
सूप-ओखरिया
सब-के-सब सून कर गइलू हो तू ।
भइल बिहनवा !
छोड़ देलू मुंडेरवा,
उड़ चलू अकसवा
सदा के आखी क तारा बन गइलू हो तू ।
- सुषमा सिंह