चीर के करेज के खून से ,तस्वीर तोहार बनावत बानी
भगवान चढ़वले वेवफा रंग ,हम वफा के रंग चढा़वत वानी
एह प्यार के दुनीया मे धोखा के हाहर मचल बा
दिल त हमरो लूट गईल ,आंख के आंसू बचल बा
ईहो कही लुट ना जावे ,एहसे हम छपावत बानी
चीर के करेज ........
प्यार मोहब्बत कसमे वादे,सबके सब झूठा बा
काहे अइसन लागेला हमके,किस्मत हमरो फूटा बा
एकबार ठोकर खयीला पर फूक फूक कदम बढ़ावत बानी
चीर के करेज के.........
तोहरा प्यार मे कविता लिख लिख ,थाक लगवनी हम
नाम केहू पुछल त दिल का टुका बतवनी हम
ध्यान देके सुनल सनम हम प्यार के कविता सुनावत बानी
हमें विश्वास है कि हमारे पाठक स्वरचित रचनाएं ही इस कॉलम के तहत प्रकाशित होने के लिए भेजते हैं। हमारे इस सम्मानित पाठक का भी दावा है कि यह रचना स्वरचित है।
आपकी रचनात्मकता को अमर उजाला काव्य देगा नया मुक़ाम, रचना भेजने के लिए यहां क्लिक करें।