आव ना तनी हमार दिलवा के बगिया में
आव ना तनी हमार बागी बलिया में
आव ना तनी हमार बागी बैरिया में
मनवा लहलहा जाई
मनवा में स्वाभिमान जाग जाई
मनवा में साहस तप त्याग आ जाई
मनवा खूबे हरियरा जाई
मनवा में देश प्रेम जाग जाई
गंगा माई से नेहिया लाग जाई
गोली बंदूक चलावे आ जाई
वीरता के भाव जाग जाई।
- सत्येन्द्र कुमार सिंह 'सहज'