धन्य धन्य बा बलिया नगरी
बसल बा गंगा के कगरी
जानेला संसार सगरी
छलके यहां साहित्य के गगरी
छलके यहां संस्कृति के गगरी
छलके यहां साहस के गगरी
ह ई राजा बलि के नगरी
ह ई सहज कुमार के नगरी
ह ई हजारी प्रसाद जी के नगरी
जानल जाला ई मंगल पांडे के नाम से
अउर वीरता के कई काम से
ई हिंद के कोहिनूर ह
ई जग के नूर ह
अब एगो हवाई अड्डा चाहीं
अउर कल कारखाना चाहीं
इंजीनियरिंग कॉलेज चाहीं
अउर विश्व विद्यालय चाहीं।
- सत्येन्द्र कुमार सिंह 'सहज'
- हम उम्मीद करते हैं कि यह पाठक की स्वरचित रचना है। अपनी रचना भेजने के लिए यहां क्लिक करें।
कमेंट
कमेंट X