बलिया में ददरी मेला लागल बा
देख बड़ा भीड़ लागल बा
पहले पशु के मेला
बाद में आदमी के मेला
लिट्टी चोखा चटनी चाट के दुकान में
जलेबी पुड़ी पकवान के दुकान में
देख बड़ा भीड़ लागल बा
बड़ बड़ सिनेमा स्टार आवत बाड़े
देख गोविंदा जईसन स्टार आवत बाड़े
गायिका कल्पना पटवारी
आवत बाड़ी,देख बड़ बा तैयारी
बलिया के शान ददरी मेला
है हिंदुस्तान की शान ददरी मेला।
- सत्येन्द्र कुमार सिंह 'सहज'
- हम उम्मीद करते हैं कि यह पाठक की स्वरचित रचना है। अपनी रचना भेजने के लिए यहां क्लिक करें।
कमेंट
कमेंट X