मछरी जईसन मनवा हमार तड़पता
गऊंवा खातिर मनवा हमार तड़पता
गऊंवा हमार बा गंगा मईया के किनारे
पेड़वा अमवा,अमरूदिया के बा किनारे किनारे
गऊंवा में पलानी बा
पनिया टप टप चूअता
बरसात में मनवा भींगत बा
नंगे नंगे पांव से डगरवा लोगवा नापता
आवेला हर साल बाढ़ के पानी
बाढ़ के पानी में भींगे राजधानी
बागी बलिया ह आजादी के राजधानी
जहवां भेदभाव ना बा
जहवां प्रेम के अभाव ना बा
जहवां भोरे भोरे लोगवा उठ के टहले
जहवां भोरे भोरे बछिया से मनवा बहले
हमार जिला में आजादी आईल पहले
मंगल पांडे के जिला हमार बा
चित्तु पांडे के जिला हमार बा
आव देख इहां बहार बा
आव देख दहार बा
गंगा मईया आ के दुआर हमार छूवेली
गंगा मईया आ के हमार घरवा चूमेली
गऊंवा हमार सबके मनवा छूवेला
रतवा में भर रात घरवा चूएला
लोगवा के प्यार दिलवा के छूएला।
- सत्येन्द्र कुमार सिंह 'सहज'