हमार गऊंवा के माटी में हीरा हेराईल बा
हमार गऊंवा के माटी में सोना हेराईल बा
तू कह तार गऊंवा में का बा?
हमार गऊंवा में प्यार बा
सगरे संसार के श्रृंगार बा
फूलवा में हरश्रृंगार बा
हमार गंगा माई के प्यार बा
तू कईसे कह तार गऊंवा में का बा?
- सत्येन्द्र कुमार सिंह 'सहज'