- कर मांझी पुल पार
आ जाई गांव हमार
नदिया के तीरे तीरे
चल तनी धीरे धीरे
गंगा किनारे मेरा गांव
जहां बा पीपल के छांव
जहां बाड़ी भगवती माई हो
जहां के लोगवा ना डेराई हो
बागी बलिया नाव ह
बागी बैरिया नाव ह
आव हमार गऊंवा में
अमवा के छऊंवा में
गुदरी सिंह के टोला में
आव हमार टोला में
जहां बा आम अमरूद
जा बा गोला बारूद
आव हमरा बागान में
आव हमरा हिंदुस्तान में
आव हमरा जन्म स्थान में
आव हमरा भृगु स्थान में।
- सत्येन्द्र कुमार सिंह 'सहज'