मछरी जईसन मनवा मोर तड़पे
पपीहा जईसन मनवा मोर तड़पे
गंऊवा खातिर मनवा मोर कुहूके
कोयलिया जईसन मनवा मोर कुहूके
गंऊवे में मनवा हमार हेराईल बा
गंऊवे में हमार हीरवा हेराईल बा
गंऊवे में हमार सोनवा हेराईल बा
गंऊवे में हमार चांदिया हेराईल बा।
- सत्येन्द्र कुमार सिंह 'सहज'