बलिया शहरिया में
बलिया नगरिया में
हर साल ददरी मेला लागेला
गांव जवारिया से लोग भागेला
भोरे भोरे लोग जागेला
पहिले गाई गोरु के
बाद में आदमी के मेला लागेला
यू पी के अंतिम छोर पर
बिहार के अंतिम छोर पर
गंगा मैया के किनारे
घाघरा के किनारे
बसल बागी बलिया बा
बसल बागी बैरिया बा
लोग यहां के निडर बा
लोग यहां के लीडर बा
आव देख ददरी के मेला
यहां हर चीज मिलेला
पुष्प प्यार के खिलेला।
- सहज कुमार