विज्ञापन

सूतल छोड़ दिन में ई ठीक ना हवे,

विजय कुमार

Mere Alfaz
                                    
                                                                        
                            प्यासा के भोजपुरी गजल ~
        
                                                    
                            
चलऽ जवान जागऽ,अब भोर हो गईल ।
देखऽ तनिक ताकऽ , अंजोर हो गईल।

चले के हऽ लमहरा, मंजिल दूर बा ,
चिरईन के सुनऽ लितऽ ,शोर हो गईल ।

निरीखऽ गगन , अंखियां तनी पसार के,
हर तरफ जगमग बेजोड़ हो गईल ।

सूतल छोड़ दिन में ई ठीक ना हवे,
"प्यासा" जे सुतल ,कमजोर हो गईल।
- विजय कुमार पाण्डेय
32 मिनट पहले
विज्ञापन

विशेष

आज के शीर्ष कवि Show all

Ramesh Raj

49 कविताएं

View Profile